यूपी में इहे बा

यूपी में इहे बा


सौ सौ मुकदमा वाला  भैया  बनल इंहा राजा बा
गुंडन के खुला छोड़ जनता के बजावत बाजा बा
कानून व्यवस्था क बगईचा कुल  मुर्झायल हउए
खाली अपराधीयन वाला फूल ख़िलल ताजा बा

माफिया क्रिकेट खेलत धुंआधार बा
एसपी छोड़के भागल घर दुआर  बा
जात बिरादर पूछ पूछ के गोली मारे
अइसन त पुलिस के  अत्याचार  बा
उन्नाव जैसा बिटिया के ब्लात्कार बा
लखीमपुर जैसन भइल नरसंहार बा

शिक्षामित्रन पर लाठी के बवाल बा
पिछला भर्ती भइले  पांच  साल बा
पेपरलीक कराइ के  एग्जाम करावे 
नकलमाफ़ियन के खूबे भौकाल बा
सडवां कुल खेतवा चर चर के निहाल भइले
यूरिया के दाम सुन किसानवा  बेहाल भइले

इहे बा भैया हो , अब त यूपी में इहे बा


हाथरस क बिटिया त इंसाफ अबहीनो माँगत बाटे
माई बाऊ  एहि आस में आपन दिनवा काटत बाटे
जे  आवाज उठवले  ऊके जेलवा में डाल के बाबा
ब्लत्करियन के खीर मलाई रेवड़ी खूबे बाँटत बांटे  




गुंडा कुल घुम्मत सगरो जिला जवार बा
हमनी के जीअब भैया भइल मोहार बा
दरोगा भर्ती, शिक्षक भर्ती, और  यूपी टेट
एक एक भैया भर्ती इनसे भइल बेकार बा
चारो ओर जनता के मचल हाहाकार बा
खाली ढोंग पाखंड के खुलल बाजार बा


पुलिस के लाठी बा लाल भइल  इ खाकी बा
हत्या लूट अपहरण क थाना बनल झांकी बा
विवेक तिवारी मनीष गुप्ता औ पुष्पेंद्र यादव
इनके खून से भैया ई वर्दीया भइल दागी बा
एन्टी रोमियो  वाले कुल चुप्पी मार खड़ा भइले
और  अपराधी  खींचत  मेंहरारुन  के साड़ी बा

इहे बा भैया हो , अब त यूपी में इहे बा

यूपी में इहे बा



Comments

Popular Posts